LIVE TVउत्तर प्रदेशदेवरियादेशमनोरंजनराज्यलेख

बाई पास बंद, कस्बा में अड़सल जाम। गावल करी , हरे कृष्णा हरे राम।।

भ्रष्ट सिस्टम पर एक चोट

बाई पास बंद, कस्बा में अड़सल जाम।
गावल करी , हरे कृष्णा हरे राम।।

भोजपुरी व्यंग्य/पांडे एन डी देहाती

मनबोध मास्टर पूछलें, बाबा! का हाल बा? बाबा बतवले, उहे चमड़ी उहे खाल बा। सरकार आ थानेदार की बदल गईला से सिस्टम थोड़े बदल जाला। थोड़ी सा ओनइस – बीस हो सकेला। अमृत काल चलत बा। चारो ओर विकास होता। नवलपुर से लेके लार तक के सड़क की नाम पर पहिले बीस करोड़ खर्चा भईल, एतना ईमानदारी से काम भईल की एके बरखा में बाई पास बहि गइल। सड़क धंस गइल। गाड़ी घोड़ा फंस गईल। रसगुल्ला अईसन सड़क पर केतना ट्रकन के गुल्ला टूट गईल। विकास के बाजा बाज गइल। अब फिर ओनइस करोड़ की खर्चा से सड़क बनता। बाई पास बंद बा। कस्बा में लोग अड़सल बा। लार के उत्तर वाला बाईपास बनत रहे, त कुछ लोग का निक ना लागत रहे। लोग बुझत रहे उ सड़क से खाली चेयरमैन का फायदा होई । राजनीति भइल, आधा टटऊ जी – आधा भीतऊ, लार के उत्तर वाला बाईपास बनल। कुछ सीसी भइल त कुछ ईंटाकरन, कुछ काचे रह ग़ईल बीच में चौहान जी के जमीन रहल त उनकर पलानी पड़ गईल। ईमानदारी से सब लोग हल निकलले रहित त आज कस्बा के जाम में हाफे के ना परत। लार की पश्चिम वाला बाई पास जबसे बंद बा , कस्बा में सड़क पहलहि से तंग बा। मनई अड़सल बा। सांस फुलते बा। जेकर ड्यूटी बा जाम हटवला के उ लापता बा। शिकायत बेमतलब बा। सलेमपुर के साहब जवना मामला में बोल दिहे, हनड्रेड परसेंट कार्रवाई होई, ओह मामला में बुझीं कुछु ना होई। ऊहा का सबसे निमन बनला में कुछ करबे ना करब। देवरिया के साहब खाली रील बनवाइब। अब रउरा सभे जाम में फंसल हई त परेशान मत होईं। परेशान होखब, त बीपी बढ़ जाई। आराम से हरे राम हरे कृष्ण गाई सभे। जवन होखे के बा उहे होई। गोसाई बाबा पहलहि लिख देले बाडन – होईहे वही जे राम रचि राखा…।

Related Articles

Back to top button
error: Content is protected !!